भोजपुरी सिनेमा के न. 1 अभिनेत्री पाखी हेगड़े अब आपन प्रोडक्शन आ इवेंट मैनेजमेंट कंपनी खोल लिहले बाड़ी. पाखी के एह कंपनी के नाम ह “सेनूर इंटरटेनमेंट प्रा॰लि॰” आ एकरा बैनर में ऊ फिल्म आ धारावाहिक बनावे आ इवेंट मैनेजमेंट के काम करीहें.
पिछला दिने मुंबई के गोरगाँव में भोजपुरी सेलिब्रेटी क्रिकेट मैच के आयोजन करा के पाखी अपना कंपनी के शानदार आ भव्य लांचिंग कइली. उनुकर कहना बा कि “सेनूर” भोजपुरी फिलिमन के अउरी बड़हन मंच दिआवे के भरपुर प्रयास करी आ जल्दिये कुछ बड़हन भोजपुरी इंवेंटन के आयोजनो करीहें. कहली कि ऊ बॉलिवुडो के समारोहन के आयोजन करीहे.
पाखी के एह नया प्रयास के पूरा इंडस्ट्रीज का तरफ से शुभकामना बा.
(प्रशांत निशांत के रपट)
398 total views, 2 views today
बहुत -बहुत बधाई पाखी जी केहू के नजर ना लगो .
ओ.पी.अमृतांशु