एही महीना रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम ’कंचन मन गंगा तन तुलसी’ के निर्देशक पारस एन सिंह के पैतृक मकान में पिछला 26 मार्च 2013 के रात दू बजे आग लगला से सबकुछ जर के राख हो गइल आ पारस एन. सिंह बहुते परेशानी से गुज़रत बाड़न. अइसन आफत का घड़ी में श्री काली प्रसाद बद्री प्रसाद अग्रवाल चैरिटेबल ट्रस्ट के तहत हर्षवर्धन अग्रवाल उनुका के पचास हजार रूपया मदद में दिहले बाड़न. एह ला पारस एन. सिंह आ उनकर पूरा परिवार हर्षवर्धन जी के आभारी हो गइल बा आ भगवान से प्रार्थना करत बा कि हर्षवर्धन जी के जीवन सम्पन्नता आ सुखी से भरल रहे.
(समरजीत)