राखी का दिने बादल फिल्म्स के बैनर तर बने जात भोजपुरी फिलिम ‘बहिनिया’ के पहिला झलक मुंबई में जारी कइल गइल. फिलिम के नामे बहिनया ह त राखी का दिने एकरा के जारी कइल सचहु सामयिक रहल.
फिलिम के लेखन निर्देशन बादल सिंह कइले बाड़न. बादल सिंह बतवले कि ई एगो पारिवारिक फिलिम होखी जवना में भाई बहिन के अटूट प्यार देखावल जाई. राखी का दिने बहिन अपना भाई का हाथ में राखी बान्ह के ओकर सुखी भविष्य के कामना करेले त भाईयो हरदम ओकर साथ देबे आ रक्षा करे के वचन देला. इहे प्यार दुलार फिलिम में देखावल जाई.
फिलिम के मुख्य भूमिका में खुद बादल सिंह बाड़न आ साथी कलाकारन में सीमा भतकार्रिया, राजेश पूरी, सुदीप पांण्डेय; माधुरी मिश्रा, पुष्पा वर्मा, स्वर्गीय सुजीत कुमार आ अउरियो अनेक कलाकार रहीहें. जानत चलीं कि ई स्व॰ सुजीत कुमार के आखिरी फिलिम रहुवे जवना के बीचे में हमनी के छोड़ के चल गइलें उ. .
एकर संगीत बहुते बढ़िया बनल बा. संगीतकार हउवन राजेश प्रसाद. गीत मनोज मोहित आ बादल सिंह के रचल हई स. एकर निर्माता राजकेश्वर सिंह, स्व॰ श्याम सिंह भतकार्रिया, आ बी .एन सिंह (मुन्ना यादव) हउवें. कोरिओग्राफर देवेन्द्र चतुर्वेदी, ज्ञान सिंह, निक्की, अउर गणेश आ फाइट मास्टर रमाकांत मिश्रा हउवन.
(संजय भूषण पटियाला)