बिना एको फिलिम रिलीज होखले मँहग बन गइलें चुन्नू सिंगापुरी

by | Oct 10, 2012 | 0 comments

चुन्नू सिंगापुरी

सिनेमा भोजपुरी में पहिला हाली अइसन भइल बा कि कवनो अभिनेता के, जेकर आजु ले एकहु फिलिम रिलीज नइखे भइल, 25 – 25 लाख रूपये में साइन कइल जात होखे. ई भइल बा चुन्नु सिंगापुरी संगे जिनका के निर्माता विनय शुक्ला आ चौहान जी अपना अपना फिलिमन खातिर साइन कइले बाड़ें.

पचीस पचीस लाख रुपिया में साइन करे का बात पर एह निर्मातन के कहना बा कि ऊ लोग फ़िल्म “चुन्नू बाबू सिंगापुरी” के गाना उनुका आफिस में जा के देखल आ एडिटिंग लैब में उनकर फिलिम देखल तब ई फैसला कइल लोग. एह अनुबंध में इहो लिखल बा कि अगर निर्माता के नुक्सान होखत बा त चुन्नू बाबू तीन चौथाई कटौती कर दिहन अपना फीस में एह तरह के अनुंबंध कर के चुन्नू बाबू एगो मिसाल बना दिहले बाड़ें जवना खातिर उनका के साधुवाद मिले के चाहीं. एहसे सिनेमा भोजपुरी में एगो नया दौर शुरु हो सकेला आ निर्माता, निर्देशक, कलाकार आ टेक्नीशियन सबही सुकून के सांस लेत जिंदा रह पाई.

एह दुनु फिलिमन में से विनय शुक्ला के फिलिम के गाना के रिकार्डिंग 24 अक्तूबर से शुरू होखि आ चौहान जी के फिलिम “सरकार” के मुहूर्त शूटिंग स्थल पर होखी. दुनु फिलिमन के शूटिंग उत्तर प्रदेश का देवरिया जिला में कइल जाई.


(अपना न्यूज़)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up