…एक तमाशा खत्म हो गइल, दोसर तमाशा होई… चिहुँकला के जरूरत नइखे. ई कवनो फिलिम के नाम ना ह बलुक हालही में रीलिज भोजुपरी फिल्म ‘ऐलान’ के एगो डायलॉग ह जवना के विष्णु शंकर बेलू अपना खास खलनायिकी अंदाज में बोलके जियतार कर दिहले बाड़े. अतने ना, एह फिलिम में बेलू जवना तरह के खलनायिकी परोसले बाड़े ओकरा के सिनेमाघरन में साफे देखल जा सकेला. जब-जब ऊ ठहाका लगावतारे तब तब सिनेमाघर में चुप्पी पसर जा ता. आशिकी फेम राहुल राय प्रोडक्शन के बैनर तले बनल फिल्म ‘ऐलान’ में मनोज तिवारी आ राहुल राय के अपोजिट बेलू आपन दमदार अभिनय देखवले बाड़न जवना खातिर निर्देशक धीरज कुमारो धन्यवाद पावे लायक बाड़े. बेलू के उनके दमदार मौजूदगी से सगरी खलनायकन के नजर उनुका पर गड़ल बा. बेलू के मानल जाव त ऊ हर तरह के अभिनय करे में विश्वास करले चाहे ऊ नीमन किरदार होखे भा बाउर !

चैलेंजिंग भूमिका के बेसी मान देबे वाला आरा निवासी विष्णु शंकर बेली प्रतिज्ञा, हमार माटी में दम बा, ये कैसी गुरू दक्षिणा, देश में लवटल परदेसी आ गठबंधन प्यार के में आपन दमदार अभिनय कइले बाड़े. बेलू शूरुवे से रंगमंच से जुड़ल रहले आ अखिल भारतीय नाट्य प्रतियोगिता में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कारो जीत चुकल बाड़े. आजुवो बेलू रंगमंच से फरका नइखन भइल आ उदघोषक के भूमिका बखूबी निबाहत बाड़े.

बेलू के आवेवाली फिलिमन में “मेहरारू चाहीं मिल्की व्हाईट” खास बा जवना में ऊ मुख्य खलनायक के भूमिका में बाड़े आ नायिका रानी चटर्जी के प्यार में पागल. बेलू अपना के मनोज तिवारी के बड़का प्रशंसक कहेले.


(संजय भूषण पटियाला के भेजल रपट)

Loading

By Editor

One thought on “बेलू के ठहाकन से सिनेमाघरन में सन्नाटा पसरऽता”

Comments are closed.

%d bloggers like this: