pub-4188398704664586

बेहतरीन फिल्म होखी ‘सौंगंध गंगा मईया के’ – दिलीप जायसवाल

by | Apr 16, 2012 | 0 comments

भोजपुरी फिलिमन में जवना निर्माता लोगन के तूती बोलेला ओहमें से खास हउवें दिलीप जायसवाल जे निर्माता का अलावे बिहार के मशहूर वितरक आ सिनेमा प्रदर्शको हउवन. दिलीप के पहिला फिलिम रहे भोजुपरी में ‘‘जुग जुग जिय मोरे लाल’’ जवना के निर्माण ऊ तेरह साल का उमिर में साल 1990 में कइले रहले. बाद में दिलीप अपना फिल्म वितरण बिजनेस देखे लगलन आ अनके हिन्दी फिल्म प्रदर्शित कइलन.

साल 2010 में उनकर दुसरकी फिल्म ‘‘देवरा बड़ा सतावेला’’ प्रदर्शित भइल. राजकुमार आर पाण्डेय निर्देशित आ रविकिशन, पवन सिंह अभिनीत ई फिल्म ओह साल भोजपुरी के सबले बड़हन हिट फिल्म साबित भइल. फेर साल 2011 में ‘मैं नागिन तू नगिना’ जइसन हिट फिल्म दिहलन आ एह साल ले के आवत बाड़न ‘‘सौंगध गंगा मईया के’’.

आयुष्मान मेडियेंन्टस के एह फिलिम के नायक हवें पवन सिंह. दिलीप जायसवाल का फिलिमन में यश चोपड़ा क मेकिंग, प्रकाश मेहरा के भव्यता आ मनमोहन देसाई के इमोशन देखे क मिलेला. दिलीप हमेशा नया कलाकारन के बढ़ावा देत रहेलें. “जुग-जुग जिये मोरे लाल” में राजू श्रीवास्तव, के. के गोस्वामी, “देवरा बड़ा सतावेला” में प्रदीप पाण्डेय, नेहा महमूद, “मै नागिन तू नगीना” में शबनमश्री, तान्या आ अब “सौगंध गंगा मईया की” में काव्या जइसन नवहियन के प्रोत्साहित कइलन.

‘सौंगध गंगा मईया के’ मई में रिलीह होखी आ दिलीप जायसवाल के भरोसा बा कि ई फिल्म भोजपुरी परदा पर मील के पत्थर साबित होखी आ बेहतरीन फिल्म रही.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586