nirahua-in-india-todayसिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ एह साल बॉक्स ऑफिस पर सिक्सर जड़ले बाड़न आ लगातार छठवो साल भोजपुरी बॉक्स ऑफिस पर हीरो नं. 1 साबित भइल बाड़न आ अपना सफलता के ग्राफ बरकरार रखले बाड़न,

लगातार छठवा साल निर्माता, निर्देशक, वितरक आ सिनेमाघर मालिकन के मुस्कान बनवले राखे वाला निरहुआ के एह साल पहिलका फिलिम रहे ‘‘खून पसीना’. बाला भाई के बनावल आ रामाकांत प्रसाद निर्देशित एह फिलिम में निरहुआ आ पवन सिंह हीरो रहले. फिल्म बिहार, यु. पी., मुंबई में शानदार व्यवसाय कइलसि आ बॉक्स ऑफिस पर हिट रहल. एकरे बाद आइल मार्च में ‘बिदेसिया’. एह फिलिम में निरहुआ केन्द्रीय भूमिका में खूब सराहल गइलें. साथ में रहली पाखी हेगड़े आ छवि पाण्डेय. फिलिम देख बिहार के मुख्यमंत्री नीतीशो कुमार निरहुआ के अभिनय के तारीफ कइलन. फेर15 अगस्त के सलमान के ‘‘एक था टाईगर’’ का संगही रिलीज भइल निरहुआ के ‘‘एक बिहारी सौ पे भारी’’. इहो फिलिम गजब के सफलता लिहलसि. फेर 14 सितम्बर के रिलीज भइल अमिताभ बच्चन के साथे निरहुआ के ‘‘गंगादेवी’’. ई फिलिम मुंबई में ऐतिहासिक व्यवसाय कइलसि आ बिहारो में निमन कलेक्शन लिहलसि. फेर दुर्गा पूजा पर निरहुआ के दू गो फिलिम अइली स. निर्माता बिटटु सरदार आ निर्देशक अजय श्रीवास्तव के ‘‘रिक्शावाला आई लव यू’’. ई फिलिम पूरा बिहार, यू. पी., मुंबई आ पंजाब में ऐतिहासिक व्यवसाय दर्ज करवलसि आ निरहुआ के एह साल के सबले बड़का हिट रहल. एहमें निरहुआ पाखी के जोड़ी रहे. दुर्गे पूजा पर आइल निर्माता अभय सिन्हा, टी. पी. अग्रवाल के अनिल अजिताभ निर्देशित ‘‘एक दूजे के लिए’’ जवन बिहार, मुंबई में बेहतरीन व्यवसाय कइलसि.

निरहुआ खातिर साल 2012 उपलब्धि भरल रहल. एही साल प्रसिद्ध साप्ताहिक ‘‘इंडिया टूडे’’ निरहुआ पर विशेष फीचर ‘‘भोजपुरी का सुपरस्टार’’ प्रकाशित कइलसि त अंग्रेजी दैनिक ‘‘टाईम्स ऑफ इंडिया’’ निरहुआ के भोजपुरी किंग के खिताब से नवजलसि. नं. 1 फिल्म पत्रिका ‘‘फिल्म फेयर’’ निरहुआ के सफलता के गारंटी देबे वाला हीरो आ सबले महंग सितारा बतवलसि. बिग बॉस 6 में भागीदारी लेइओ के निरहुआ चरचा में रहलन. ओहिजा उनुका के ‘‘सोने का दिलवाला’’ खिताब दिहल गइल.

लगातार छः साल से भोजपुरी परदा के नं. 1 नायक निरहुआ के आसे ना विश्वासोबा कि साल दू हजार तेरहो में दर्शक उनकर बादशाहत कायम रखीहें.


(प्रशांत निशांत)

 425 total views,  6 views today

By Editor

%d bloggers like this: