बड़का बैनर्स खोजे लगलन खेसारीलाल के

by | Apr 25, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव अब भोजपुरी के सगरी बड़हन बैनरन के पहिला पसंद बन गइल बाड़े. आ करीब सभका फिलिम में आवहु लागल बाड़े मुख्य भूमिका में. आलोक कुमार के फिल्म ‘‘साजन चले ससुराल’’ से अपना फिल्म कैरियर के शुरूआत करे वाला खेसारी के पहिलके फिलिम के मिलल रिकार्ड सफलता स्टार बना दिहलसि. अब खेसारीलाल के नया फिलिम “देवरा पर मनवा डोले” मई में रिलीज होखे वाली बा. एकरो निर्माता आलोक कुमार हउवें.

पिछला महीना खेसारी के “जान तेरे नाम” रिलीज भइल. निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ई फिलिम एह साल के सबले बड़का हिट बन के उभरल बिया. अब खेसारी रामाकांत प्रसाद के अगिलको फिलिम में नजर अइहें. राजेश पप्पू के बनावल ‘‘दिल ले गईल ओढनियावाली’’ फिलिमो में खेसारीलाल नायक बाड़. गब्बर सिंह फेम निर्माता महेश-मुकेश पाण्डेय के ‘‘सपूत’’ आ निर्देशक अशोक कुमार दीप के ‘‘लाल दुपट्टा मलमल का’’ फिलिमो में खेसारी शामिल बाड़े.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up