भिखारी ठाकुर भोजपुर माटी के महान सपूत रहले जे भोजपुरी के सम्मान दिआवे ला बड़हन योगदान दिहलें. भिखारी ठाकुर के गावल हजारों गीत में से बिदेसिया गीत शैली भोजपुरियन का दिलो-दिमाग प छा गइल बा, मॉरीशस में भिखारी ठाकुर पर शोध चलत बा. अब एह महान कलाकार के मंदिर बनावल जाई.
पिछला दिने सचिन के लोकप्रियता भँजावत भोजपुरी गायक कलाकार मनोज तिवारी अपना गांव में क्रिकेट के मदिर बनवलें त अब भोजपुरी के लाल के सम्मान देत मशहूर भोजपुरी गायक भरत शर्मा व्यास बक्सर में भिखारी ठाकुर के मंदिर बनावे के एलान कइले बाड़न.
हावड़ा में एगो पत्रकार से बतियावत भरत शर्मा ई जानकारी दिहलें कि मंदिर बनावे ला बिहार के ऐतिहासिक जिला बक्सर के एहला चुनले कि ई भूमि अनेके महापुरुषन के रहल बा. बतवलन कि मंदिर बनावे ला कोलकाता के प्रसिद्ध समाजसेवी राम मनोहर सिंह आर्थिक सहायता देबे के कहले बाड़न.
एने ढेर दिन से भोजपुरी कलाकार वैष्णवी पटना में भिखारी ठाकुर के प्रतिमा लगवावे के अभियान चलवले बाड़ी जवना के हर तरफ से समर्थन मिलत बा.
(कृष्ण कुमार)
204 total views, 1 views today