एक्टिंग के बारीकी सीखे के होखे त कवनो बढ़िया डायरेक्टर के सहायक बन जाई. ई एगो कहावते भर ना ह. राजकपूर रहल होखसु भा रणवीर कपूर बा फेर आमिर खान, ई सगरी सितारा कबो ना कबो कवनो मशहूर डायरेक्टर के अस्सिस्टेंट रहत रहले. आगा चलि के ई लोग हिंदी फिलिमन में आपन ख़ास मुकाम बना लिहल, अइसने हउवें भोजपुरी के नयका एंग्री यंग मैन मनोज पाण्डेय.
शाहरुख मिर्ज़ा, फारुक कबीर आ अशोक पंडित जइसन निर्देशकन के सहायक रह चुकल मनोज पाण्डेय जब राज कुमार पाण्डेय का निर्देशन में बनल फिल्म “लहरिया लूटऽ ए राजा जी” से एक्टिंग में अइले त उनुकर जबरदस्त एक्शन दृश्य दर्शकन के दिल लूट लिहलसि. एह फिल्म के धमाकेदार कामयाबी उनुका के भोजीवुड के एंग्री यंग मैन बना दिहलसि. फेर “दुश्मनी” आ “मैं नागिन तू नगीना” के सफलता उनुकर रफ़्तार बनवले रखलसि. अबही “चालबाज़ चुलबुल पान्डे” आ “काली” समेत दर्जन भर फिलिमन में काम करत मनोज पाण्डेय भोजीवुड के सबले व्यस्त अभिनेता बाड़े. अलग बाति बा कि भोजीवुड के ई एंग्री यंग मैन कवनो खास इमेज के कैदी बनल नइखे चाहत आ अपना के दोहरावे में यकीन ना करसु.
मनोज पाण्डेय अब अपना अगिला फिल्म “राजा जी” में आपन जलवा देखावे के तइयार बाड़न आ फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बिया.
(स्रोत – संजय सिंह)
294 total views, 2 views today