भोजपुरी सिनेमा में एह घरी एगो नया गरम जोड़ी के चरचा गरम बा. ई जोड़ी ह सुपरस्टार निरहुआ आ नयकी अदाकारा आम्रपाली के. एह जोड़ी के पहिलके फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ सगरी देश में रिकार्ड व्यवसाय दर्ज कइले बिया. लोग एह सफलता के निरहुआ आ आम्रपाली के टटका जोड़ी आ एह लोग का बीच के शानदार क्रेमिस्टी के देत बा. खास क के आम्रपाली के अदा लोग के पागल बनवले बिया. एह लोग पर गानो बढ़िया बढ़िया फिलिमावल गइल बाड़ी सँ.
फिलिम के मिलल शानदार सरहना देखत अब हर निर्माता-निर्देशक एही जोड़ी लेके फिलिम बनावल चाहत बाड़े.
आम्रपाली आ निरहुआ के जोड़ी वाली अगिली फिलिम होखी ‘पटना टू पाकिस्तान’. एकर शूटिंग चालू बा. निरहुआ रिक्शावाला 2, सनम वेवफा, आ बेटा फिलिमो में एही जोड़ी के दीदार होखी. ई जोड़ी अपना प्रशंसकन के धन्यवाद देत कहत बा कि कोशिश रही किे हमेशा रउरा सभे के मन राखब सँ.
(प्रशांत-निशांत)