हिन्दी सिनेमा के कलाकारन में कुछ जोड़ी बहुते मशहूर हई सँ आ दर्शको ओह जोड़ियन के बेर बेर देखल चाहे लें. ठीक ओही तरह भोजपुरीओ सिनेमा में कुछ जोड़ी दर्शकन के पसन्द आ गइल बा जवना के ऊ बार बार देखल चाहेले आ निर्माता निर्देशको ओह जोड़ियन के दोहरावत तिहरावत रहेले. भोजपुरी सिनेमा के मशहूर जोड़ियन में मनोज तिवारी-रानी चटर्जी, रविकिशन-नगमा, दिनेशलाल यादव निरहुआ-पाखी हेगडे, पवन सिंह-मोनालिसा, वगैरह गिनल जाला. अब एगो अउरी फड़कदार जोड़ी बन गइल बा प्रवेशलाल यादव शुभी शर्मा के. ई जोड़ी “चलनी के चालल दुलहा” में पहिला बेर सामने आइल रहुवे आ दर्शक एह जोड़ी के खूब पसन्द कइले. अब ई जोड़ी फेर भोजपुरी फिल्म “दुश्मनी” में सामने आवे जा रहल बा. फिल्म रिलीज खातिर तइयार बा. ओकरा बाद एह जोड़ी के “औलाद” आ “राजा के रानी संग प्यार हो गइल” में देखल जा सकी. स्वागत बा एह फड़कदार जोड़ी के !
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)
246 total views, 2 views today