भोजपुरी के पहिलका मल्टी स्टारर फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ के जादू मुंबईओ में खूब चलल. यूपी आ बिहार में जश्न मना चुकल एह फिल्म के सितारा जब पिछला दिने मुंबई के रतन थियेटर चहुँपले त दर्शकन के भारी भीड़ माँग कइलसि कि ऊ लोग फिल्म के सितारा लोग का हाथे टिकट खरीदल चाहत बा. दर्शकन के फरमाइश पूरा करे खातिर थियेटर प्रबन्धन आ फिल्म के टीम टिकट खिड़की पर बईठ के टिकट बेचले. साथ ही रिंकू घोष समेत तमाम सितारा अपना प्रशंसकन के ऑटोग्राफो दिहले.

भीड़ से हॉल के भीतर त खचाखच रहबे कइल बाहरो ओतने लोग अगिला शो के टिकट खातिर लाइन में लागल रहुवे. आइल सितारा दर्शकन का साथे बइठ के फिल्मो देखले. रविकिशन खुद त ना आ पवले बाकिर आपन सनेसा जरूर पठवले रहुवन जवना के निर्देशक एम.आई. राज पढ़ के सुनवले. ढेर दिन बाद रवि किशन आ रिंकू घोष के जोड़ी वाली फिल्म मिलल रहे दर्शकन के आ ऊ जमके फिल्म के आनन्द उठवले.

‘केहू हमसे जीत ना पाई’ के निर्माता डा. विजाहत करीम आ सुरोहिता करीम, लेखक अउर निर्देशक एम.आई. राज, बैनर जी.के. फिल्म्स प्रोडक्शन प्रा. लि. के, गीतकार नफीस आलम, एस.के. चौहान, फणिन्द्र राव, संतोष पुरी, श्याम देहाती अउर रुस्तम घायल, संगीतकार सतीश अजय, राम प्रवेश आ अमरेश झा, कैमरामैन आकाश दीप, एक्शनमास्टर राम शेट्टी आ कार्यकारी निर्माता सुनील सिंह आ मुख्य कलाकारन में रवि किशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह, मनोज टाईगर, मोहित घई, राजीव दिनकर, महेश राजा, हितेन्द्र पांडे, प्रतिभा पांडे, स्वाती वर्मा, कोमल ढिल्लन, श्रीकनकनी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान.


(शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा के रपट)

 256 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: