pub-4188398704664586

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में सबले बड़हन रिलीज

by | Mar 21, 2024 | 0 comments

Photo source : trailer of the film on youtube.com

भाजपा सांसद आ गोरखपुर से सांसदी के चुनाव लड़े जात भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार रवि किशन केे बहुभाषी फिलिम ‘महादेव का गोरखपुर’ के ट्रेेलर यूटयूब पर रिलीज हो गइल बा.

बतावल जात बा कि ई भोजपुरी फिलिम एकेे साथ देश भर में डेढ़ सौ थियेेटरन आ अमेरिको केे दर्जन भर थियेेटरन में रिलीज कइल जा रहल बा. चूंकि ई फिलिम भोजपुरी का साथही अउरिओ कई भाषा मेें दर्शकन के सोझा आई एह सेे कुछ लोग कह सकेला कि तब ई भोजपुरी फिलिम कइसे.

इयाद करीं सभे हालही में जब पीएम मोदी तेेलंगाना में जनसभा करत रहलन त उनुकर भाषण के तेेलुगू मे तत्क्षण अनुवाद वाला भाषण सुनेवाला तेेलुगू में सुनत रहलें. आजुकाल्हु आर्टिफिशियल इंटेलीजेन्स का सहारे ई सब काम अनुभवी लोगन ला बाँया हाथ के खेल हो गइल बा.

आ इहो कवनो पहिला बेर नइखे भइल जब कवनो फिलिम कई भाषा में डब करि के दर्शकन का सोझा परोसल गइल. बाकिर भोजपुरी सिनेमा खातिर एकरा के उपलब्धि मानेे मेें कवनो हरज नइखे.

‘महादेव का गोरखपुर’ फिल्म के के ट्रेलर में रवि किशन का भव्य रूप नजर आ रहा है। इस फिल्म के निर्माता प्रीतेश शाह अउर सलिल शंकरन आ सह-निर्माता अरविंद सिंह अउर अमरजीत दहिया हउवेें. कार्यकारी निर्माता शंकर नारायणन, आ निर्देेशक हउवेें राजेश मोहन.

ट्रेलर देखि के त इहे लागत बा कि ‘महादेव का गोरखपुर’ के कहानी दू गो युगन मेें पसरल बा. पुरातन काल का साथही मौजूदा समय के खूबसूरत फ्यूजन कइल गइल बा एह फिलिम में.

फिलिम 29 मार्च केे रिलीज होखे जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586