भोजपुरी सिनेमा के अकेला इंटरनेशनल फिल्म फेस्टीवल अबकी मलेशिया में 21 जुलाई 2018 के होखे जा रहल बा.
एह अवार्ड समारोह के जानकारी देत यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा बतवलें कि एह अवार्ड समारोह में भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी, हिन्दी फिल्मों के सुनील शेट्टी, भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन, दिनेशलाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, विनय आनंद, कृष्णा अभिषेक, अरविन्द अकेला कल्लू, रितेश पांडे, मधु शर्मा, मोनालिशा, आम्रपाली दुबे, अक्षरा सिंह, पायल रोहतगी, शिविका दिवान, श्यामली, शुभी शर्मा, राकेश मिश्रा अउर राजीव मिश्रा समेत अनेके लोग शिरकत करी. एह मौका पर भोजपुरी सिनेमा में योगदान देबे वाला कुछ खास अतिथियन के सम्मानो कइल जाई. साथही सबले नीक फिलिम आ कलाकार अउर टेक्निशियनो के सम्मान कइल जाई. समारोह में मलेशिया सरकार के आ भारत के कुछ बहुते खासो अतिथि शामिल होखिहें.
जान जाईं कि विदेश में भोजपुरी सिनेमा के पहिलका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मॉरीशस में करावल गइर रहुवे आ ओकरा बाद दुबई में. पिछला साल एकर आयोजन लंदन में कइल गइल आ अब भोजपुरी सिनेमा के चउथका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मलेशिया में आयोजित कइल जा रहल बा.


(शशिकान्त सिंह)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d