अभिनेत्री, लेखिका अउर निर्मात्री पुष्पा वर्मा के पिछला दिने फिल्म इंडस्ट्री में उनुकर अद्भुत योगदान खातिर ‘महाराष्ट्र रत्न’ अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. मुंबई के रंग-शारदा हॉल में ‘आपकी आवाज़ फाउनडेशन’ के आयोजित समारोह में पुष्पा वर्मा के ई सम्मान दिहल गइल. समारोह के आयोजक रहले अंजन गोस्वामी.

कार्यक्रम में पूर्व केंद्रीय मंत्री राम नायक, जी. आर. खैरनार समेत मनोज कुमार, प्रेम चोपड़ा, उदित नारायण, रंजीत आ पत्रकार शरद राय जइसन अनेके विशिष्ठ अतिथि मौजूद रहले. ‘दलाल’, ‘धर्म संकट’, ‘हीर-राँझा’, ‘कोहराम’, ‘हसीना मान जाएगी’, ‘काबू’, ‘सज़ा’ जइसन दर्जनो हिन्दी फिलिमन मे अपना अभिनय के जौहर देखा चुकल पुष्पा वर्मा ‘नाजायज़’, ‘धर्म-संकट’, ‘तुलसी’ आ ‘ये रास्ते ही तो’ जइसन अनेके फिलिमन खातिर गीतो लिख चुकल बाड़ी.

पुष्पा वर्मा के भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के निरूपा रॉय कहल जाला आ भोजपुरी के सैकड़ो फिलिमन में पुष्पा वर्मा अभिनय कर चुकल बाड़ी आ आजुवो सक्रिय बाड़ी. एह सम्मान खातिर पुष्पा जी के ढेर सगरी बधाई !


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के भेजल रपट)

Loading

By Editor

One thought on “भोजपुरी सिनेमा के "निरूपा राय" के मिलल महाराष्ट्र रत्न सम्मान”

Comments are closed.

%d bloggers like this: