भोला यादव
सरल स्वाभाव, मीठ बोली, कड़ा मेहनत आ उम्दा अभिनय कलाकार के सफलता के मंज़िल ले चहुँपाइए देला आ एही कड़ी में शामिल भइल बाड़ें भोला यादव. ऊ कई एक गो फिलिमन में बेहतरीन किरदार में नज़र आवे वाला बाड़न. निर्माता रवि शर्मा अउर निर्देशक जगदीश शर्मा के फिल्म ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ में घूसखोर इंस्पेक्टर, निर्माता राजेश सिंह आ पप्पू भाई के फिल्म ‘वर्दी वाला गुण्डा’ में डरपोक पंडित, ‘रानी चलल ससुराल’ में मुख्य खलनायक बन॥ बाड़ें. एकरे अलावे ऊ अउरियो कईगो फिलिमन में, जइसे कि ‘दिल दीवाना बिन सजना के माने ना’, ‘देवता’, ‘रखवाला’, ‘दिल ता पागल होला’, आ हिंदी फिल्म ‘हम हैं वन्डर बॉय’ में नज़र अइहें.

बालकृष्ण सिंह निर्देशित फिल्म ‘दामाद चाही फ़ोकट में’ नायिका से बेइन्तहाँ प्यार करे वाला प्रेमी नायक ला अपना प्यार क कुर्बानी देके पागल प्रेमी बनल बाड़ें भोला यादव.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: