भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी आजुओ तमाम बड़का निर्माता निर्देशकन के पहिला पसंद बनल बाड़े आ मुंहमांगल दाम पर उनुका के साईन कइल जा रहल बा.

मनोज तिवारी आ निर्देशक असलम शेख की सुपर हिट जोड़ी फिल्म ‘दयावान’ में फेर से जुड़ल बा. एकरा अलावे अभय सिन्हा के फिल्म ‘इंसाफ’ में, जितेश दुबे के फिल्म ‘यादव पान भंडार’ में, फिल्म ‘अंधा क़ानून’ में, राहुल रॉय के फिल्म ‘एलान’ में, आलोक कुमार के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ समेत कई फिलिमन में आवे जा रहल बाड़े,

अभय सिन्हा के फिल्म ‘इंसाफ’ में मनोज तिवारी आ पवन सिंह पहिला बेर एक साथ नज़र आई लोग. दुनु कलाकार एक साथ 25 दिन के डेट दिहले आ फिल्म ‘इंसाफ’ 28 दिन में पुरा हो गइल. ई पूरा भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री खातिर एगो उदाहरण बन सकेला.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: