भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिल्म ‘इंसाफ’ एगो नया इतिहासे बना दिहले बा. एह फिल्म के शूटिंग दू महीना का दौरान अठाइसे दिन में पूरा कर लिहल गइल.दिग्गज निर्माता अभय सिन्हा के एह फिल्म में सुपर स्टार पवन सिंह आ महानायक मनोज तिवारी पहिला बेर एक साथे नज़र अइहे. एकर मुहूर्त पटना में ठीक ओही दिन भइल रहे जब भोजपुरी सिनेमा आपन पचासवां सालगिरह मनावत रहे.

एह फिल्म के निर्देशक हउवे अजय श्रीवास्तव. आ मात्र अठाइसे दिन का शूटिंग में फिलिम के पूरा हो गइला से भोजपुरी सिनेमा जगत में एगो नया आशा आ उमंग जागल बा आ ई बाति भोजपुरी इण्डस्ट्री खातिर एगो उदाहरण बन गइल बा,

‘इंसाफ’ के शूटिंग ख़त्म होखला का बाद अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के कामो शुरु हो गइल बा. भोजपुरी सिनेमा के दू गो दिग्गजन वाली ई फिलिम दुर्गा पूजा का अवसर पर रिलीज होखी.

फिल्म में मनोज तिवारी आ पवन सिंह भाई बावे लोग आ फिल्म के कहानी में बतलावल गइल बा कि ‘इंसाफ’ ऊ बाति ह जवना में अपनो के सिर कलम कर दिहल जाला. यशी फिल्मस् प्रा. लि. का बैनर में बनल एह फिल्म में मनोज तिवारी, पवन सिंह, संगीता तिवारी, उर्वशी चौधरी, कृशा खंडेलवाल, अवंतिका, सिद्धार्थ रॉय, प्रिया पाण्डेय, रवि उज्जैन, अनुप अरोड़ा, संतोष श्रीवास्तव, दीपक सिन्हा, जय प्रकाश सिंह, विनोद मिश्रा, ईश्वर यादव, सत्य प्रकाश, रवि बल आ गजेन्द्र चौहान के प्रमुख भूमिका बा. सीमा सिंह के एगो आयटमो नंबर बा एह फिलिम में.संगीतकार अशोक कुमार दीप, गीतकार अशोक कुमार दीप आ विनय बिहारी, कैमरामैन शकील अंसारी, कथा-पटकथा अजय श्रीवास्तव, संवाद मनोज कुशवाहा, नृत्य राम देवन, कानू मुखर्जी, व पप्पू खन्ना, एक्शन शकील शेख, कला विजय दास आ कार्यकारी निर्माता अंजनीकांत श्रीवास्तव हउवे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह आ प्रशान्त निशान्त.)

Loading

By Editor

One thought on “मनोज तिवारी आ पवन सिंह पहिला बेर एक साथे”

Comments are closed.

%d bloggers like this: