पिछला दिने सारण के दिघवारा में आमी का लगे हराजी में स्व॰ बालेश्वर तिवारी के ११वीं पुण्यतिथि पर वास्तुबिहार के मालिक विनय तिवारी एगो कार्यक्रम आयोजित कइले रहलें. एह जागरण में भोजपुरी फिल्म अभिनेता आ गायक मनोज तिवारी ‘ममतामयी दरबार बा, जग पे तोहरे अधिकार बा अब तो झोलिया हमार भर दे, लइका तोहरा द्वार पर आइल बा, ओकरो दर्शन दे दे’’ गीत जइसहीं शुरू कइलें तइसहीं एह नामचीन गवइया के गवनई पर लोग झूमल शुरु कर दिहल.

एह मौका पर भोजपुरी गायक मनोज तिवारी अंबिका भवानी ला अनेके गीत गा के माहौल के भक्तिमय बना दिहलें. रात एगारह बजे ले चलल एह कार्यक्रम में ऊ करीब दू दर्जन गीत सुनवलें. गीतन का बीच बीच में नृत्य प्रस्तुतिओ होत रहे. जवना में महुआ आ इटीवी चैनल के कई कलाकार आपन प्रस्तुति दिहलें. नेहा, पलक, माया, सोनम वगैरह के फिल्मी नृत्य, सुरसंग्राम के अलका सिंह पहाड़िया आ सुरभि के अलावे बलवीर सिंह अउर प्रदीप शीतले के गवनई ओहिजा मौजूद लोगन के भरपूर मनोरंजन कइलसि.

एह कार्यक्रम में स्थानीय विधायक विनय कुमार सिंह, टाउन डीएसपी अजय कुमार, विजय सिंह, मुखिया संघ के अध्यक्ष राकेश कुमार सिंह, रवींद्र सिंह
के अलावे वास्तु बिहार के मालिक विनय तिवारी, माता शैल देवी, निदेशक मिथिलेश तिवारी, गोपालजी त्रिपाठी, नीलेश तिवारी, मनीष कुमार समेत सैकड़न लोग मौजूद रहे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d