भोजपुरी मेगा स्टार आ बिहार के लल्ला मनोज तिवारी एगो नया अलबम में आपन बिहारी तेवर देखावे जात बाड़न. एह एलबम के नाम बा ‘जय बिहार जय जय बिहार’ जवना के जानल मानल संगीत कम्पनी विकॉन म्यूजिक जारी करत बिया. इहे कंपनी सदी के महानायक अमिताभ बच्चन आ मनोज तिवारी के आवाज. में ‘हनुमान चालीसा’ जारी कइले रहल. ‘जय बिहार जय जय बिहार’ के शूटिंग आजुकाल्हु बिहार के वैशाली आ दानापुर छावनी में चलत बा आ निर्देशक बाड़ें समर मुखर्जी. वैशाली ऐतिहासिक रूप से समृद्ध आ कला संस्कृति के दृष्टिकोण से बहुते धनी जगहा ह जहवाँ दुनिया के पहिला लोकतंत्र स्थापित भइल रहे. भगवान बुद्ध के एह धरती पर तीन बेर आगमन भइल रहे. ईसा पूर्व छठी सदी के उत्तर आ मध्य भारत में विकसित 16 महाजनपदन में वैशाली के खास महत्व रहे. नेपाल के तराई से लिहले गंगा के मैदान का बीच पसरल एह भूमि पर वज्जियन आ लिच्छवियन के संघ (अष्टकुल) गणतांत्रिक शासन व्यवस्था के शुरुआत कइले रहे. तब एहिजा के शासक जनता के प्रतिनिधि चुनत रहलें. लिच्छवियन के नगरवधु आम्रपाली के भला के भुला सकेला. एहिजा के अशोक स्तंभो देखे लायक बा.

मनोज तिवारी कहलें कि एह राज्य के ऐतिहासिक धरोहरन के अतना नजदीक से देखे के ई पहिला मौका रहल. एही क्रम में दानापुर छावनी जाए के मौका मिलल. एह छावनी के बीच से करीब तीन किलोमीटर ले रास्ता पटना के आरा से जोड़ेला आ एह रास्ता पर चले वाला हर आदमी सेना के अनुशासन में नजर आवेला. एहिजा शूटिंग के अनुमति लेबे खातिर जब मनोज तिवारी छावनी प्रमुख से मिललन त शूटिंग के अनुमति दे दिहलन आ जवाननो के पूरा वर्दी में उपलब्ध करवलें. फेर हमनी का मिल के राग छेड़ली जा कि ‘जय बिहार, जय जय बिहार’.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

 576 total views,  3 views today

By Editor

%d bloggers like this: