भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के नयका घर के घरभोज पर हिंदी आ भोजपुरी सिनेमा के दिग्गजन के जमावड़ा जुटल. अंधेरी पश्चिम के लोखंडवाला से सटल सुंदर वन में मनोज तिवारी के एह आलीशान घर के एगो कमरा के नाम बा “मेरा गांव” त दुसरका कमरा के नाम बा “मेरा बनारस”. मेरा गांव कहाए वाला कमरा में गाँव के रूप बा त मेरा बनारस में बनारसी अन्दाज. ई घर परंपरागत घरन से बहुते अलगा बा. 16वाँ तल्ला पर बनल एह घर के बालकनी में बगइचा बा, आ ओहमें पड़ल झूला बा. एह आलीशान फ्लैट के हर कमरा के बनावट अलग-अलग बा.

एह घर भोज का मौका पर संत मोरारी बापू खुद आशीर्वाद देबे चहुँपले. सगरी दुनिया में राम नाम के परसाद बाँटेवाला संत शिरोमणी मोरारी बापू दक्खिन अफ्रीका से पधरलें आ फेर गुजरात के भावनगर गइलें. मनोज तिवारी कहलन कि बापू के बोलावे खातिर बहुते संकोच से कहले रहन कि पता बा बापू आपन चरण धूलि देबे आ पाएब कि ना बाकिर बापू तईयार हो गइनी आ मनोज तिवारी धन्य धन्य हो गइलें. बतवलें कि संत मोरारी बापू से उनुकर पहिला मुलाकात दू बरीस पहिले मगहर में भइल रहे.

एह घर भोज में मनोज वाजपेयी, राजू श्रीवास्तव, पूर्व क्रिकेटर सलिल अंकोला, संगीतकार इस्माईल दरबार, गायिका उषा उत्थुप, इंपा के अध्यक्ष टी.पी. अग्रवाल, ‘कौन बनेगा करोड़पति’ के विजेता सुशील सिंह, निर्माता विनोद बच्चन, संभावना सेठ, ‘हमारा महानागर’ के संतोष सिंह, निर्माता अभय सिन्हा, फरहान आजमी, गीतकार शब्बीर अहमद, गजेन्द्र चौहान, निर्देशक गजेन्द्र सिंह, निर्माता जीतू शुक्ला अउर रवि किशन, दिनेश लाल यादव, पवन सिंह, विनय आनंद, रंगबाज हैदर काजमी, नंबर वन खलनायक संजय पांडे, नायिका रिंकू घोष आ पाखी हेगड़े, उर्वशी चौधरी, भोजपुरी फिल्म निर्माता जितेश दुबे, आलोक कुमार, नायिका गुंजन पंत, गायक मोहन राठौड़, कॉमेडियन सुनील सावरा, गायक आलोक कुमार, निर्देशक हैरी फर्नांडीज, ममता राउत, बबलू सोनी, परवेशलाल यादव वगैरह का अलावा ‘दोपहर का सामना’ के संपादक प्रेम शुक्ला, ‘अभियान’ के अमरजीत मिश्रा, वरिष्ठ पत्रकार पंकज शुक्ला, प्रभुनाथ दाढ़ी, विकास सिंह, प्रमोद तिवारी आ प्रचारक शशिकांत सिंह मौजूद रहलें.

एहमीका पर मनोज तिवारी के माई आ बड़का भईया साधु शरण तिवारी आ दुर्गा तिवारी सभे मौजूद रहल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

 252 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: