NirahuaHndustaniभोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के हालिया रिलीज फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ मुंबई आ यू०पी० के सिनेमाघरन में भोजपुरी सिनेमा के सगरी पुरान रिकार्ड तूड़ दिहले बावे. आ बिहार के 8 गो सिनेमाघरन में ई सफलता का साथे 50 दिन से अधिका पूरा कइले बावे.

बिहार का बाद एह फिलिम के मुंबई के 50 गो आ यू०पी० के 30 गो सिनेमाघरन में रिलीज कइल गइल त ई हर जगहा रिकार्ड तोड़ बिजनेस करत बिया. वाराणसी के आनंद मंदिर में एक हफ्ता में अब तकले के सबले अधिका कलेक्शन 3,72,500/- नेट दर्ज भइल त युनाईटेड टॉकिज, गोरखपुर में अबले के सबले बड़का कलेक्शन बटोराइल. मुंबई मे पहिला हफ्ता के कलेक्शन 45 लाख रुपिय रहल. बिहार में ई अबले 1.5 करोड़ रूपिया नेट के कारोबार कर चुकल बा.

जान जाईं जे ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ के सफलता से भोजपुरी इन्डस्ट्री में जान आ गइल बा.


(प्रशान्त-निशान्त)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: