बिहार में हंगामा मचवला क बाद ‘पागल प्रेमी’ अब मुंबईओ में डंका बजावे आ गइल. एहिजा एकर पहिला शो देखे वालन के लमहर लाइन सबेरही से लागल रहे आ लोग ‘पागल प्रेमी’ देके ला पगलाइल रहुवे. फिलिम ‘पागल प्रेमी’ देखला क बाद बाहर निकलत दर्शकन का चेहरा पर एह बात के खुशी रहुवे कि जइसन सोचले रहीं फिलिम ओहू ले बेहतर निकलल. उमेद बा कि ई फिलिम बिहार का बाद अब मुंबइओ में सफलता के इतिहास बनाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: