मुन्ना लाल यादव आ चारू शर्मा के जोड़ी ’हिरउआ न. 1’ में

CharuSharma-MunnaLalएस के राय फिल्मस के भोजपुरी फिलिम ’हिरउआ न. 1’ में गायक से पहिला बेर अभिनेता बनल मुन्नालाल यादव क संगे चारू शर्मा परदा पर नजर अइहें. एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन क काम तेजी से लागल बा, एक्शन कॉमेडी के भरपूर मनोरंजन वाला एह फिलिम से नयका निर्देशक अमृत अभिषेक फिल्म जगत में आपन अलगा पहचान बनावे आइल बाड़न. अभिषेक बतवलन कि एह फिलिम के पूरा शूटिंग बिहार के मोतिहारी जिला में भइल बा आ एहमे आठ गो गाना बा जवन सगरी सुने में बढ़िया बाड़ी सँ.

निर्माता: रमेश राय, निर्देशक अमृत अभिषेक, गीत महालाल, संगीत प्रविण सोनी, रामप्रवेश ठाकुर, गायक और गायिका खुशबू उत्तम, अमर आनंद, रामप्रवेश ठाकुर, विपिन सचदेवा, पामेला जैन, धनंजय, रूपेश मिश्रा अउर ममता राउत.

मुख्य कलाकारन में मुन्नालाल यादव, चारू शर्मा, कमरूल जमा, नेहा गुप्ता, भाई ठाकुर, अशोक माही, पिंकी मिश्रा, वर्षा राज, विशाल लाल यादव, साहिर रजा अउर अशोक मिश्रा वगैरह बाड़ें.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..