manoj tiwari-1सोलहवी लोकसभा खातिर उत्तर-पूर्वी  दिल्ली से भाजपा के  उम्मीदवार मनोज तिवारी अपना चुनाव प्रचार में भरोसा दिलावत बाड़न कि- मोदी सरकार बनी त भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावल हमार सबसे पहिला काम होखी. पिछला दस साल से कांग्रेस हमनी, यानी भोजपुरी के मांग करेवाला, लोगन के अश्वासन दे के रखलस. बिहार आ उत्तर प्रदेश समेत दुनिया के बारह देशन में लगभग 20 करोड़ लोग भोजपुरी बोलेेला.
संसद में कई बेर एह विषय पे भाजपा के तरफ से अवाज उठावल गइल. पी चिदंबरम के तरफ से भरोसो मिलल, बाकिर उ सब कुछ झूठ रहे. केतना देशन में भोजपुरी के मान्यता मिल चुकल बा, अपने देश में आपन भोजपुरी भाषा उपेक्षित रह गइल बिया. पन्द्रहवी लोकसभा में सभे के आशा रहे कि हमनी के आपन हक मिल जाई. भोजपुरिया भाई लोगन के भावना से खेलवाड़ भइल बा. भोजपुरी भाषा के छांव में हम खेलनी-कूदनी, गाावे-बजावे के सिखलीं, इहे हमरा के हमार पहचान दिहलसि. आज हमार पहचान बा त भोजपुरी से. जब हमार पहचान भोजपुरी से बा, त हम भोजपुरी से मुंह कइसे मोड़ लिहीं?

मनोज तिवारी आरोप लगवलन कि कांग्रेस, आम आदमी पार्टी के लोग आपन फायदा खातिर चुनाव लड़त बा.

Loading

%d bloggers like this: