भोजपुरिया फिलिमन के हॉट गर्ल मोनालिसा के नया अवतार जल्दिये प्रदर्शित होखे जा रहल फिल्म बारूद में नजर आवे वाला बा. भोजपुरी फिलिमन के सुपरहिट निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद के एह फिल्म में मोनालिसा पुलिस इंस्पेक्टर का भूमिका में बाड़ी आ नायक बाड़े एक्शन स्टार विराज भट्ट. एह फिल्म में मोनालिसा एक से बढ़के एक खतरनाक स्टंट कइले बाड़ी आ उनुकर ग्लैमरस अउर हॉट अवतारो बावे एह में.

कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनल, आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ सीता आर्टस के प्रस्तुति एह फिल्म में विराज भट्ट, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मनीष चतुर्वेदी, नीरज राज पौडेल, ब्रजेश त्रिपाठी, विपिन सिंह, अयाज खान, दीपक भाटिया, देव सिंह आ सीमा सिंह के प्रमुख भूमिका बा.

फिल्म के गीतकार-संगीतकार अशोक कुमार दीप हैं.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

Loading

By Editor

One thought on “मोनालिसा के नया अवतार बारूद बन के आई”

Comments are closed.

%d bloggers like this: