यह ले अपनी लकुटि कमरिया, यह ले अपनी सोटी

by | Sep 7, 2012 | 0 comments

बहुत दुख का साथ बतावे पड़त बा कि सिनेमा भोजपुरी से जुड़ल हर खबर, भा प्रचारक लोग से मिलल हर रपट के प्रकाशित ना कइल जा सकी. काहे कि सामग्री के भोजपुरी अनुवाद करे में लागे वाला मेहनत के कवनो फायदा नइखे लउकत. मानत बानी कि हमरा भोजपुरी से लगाव बा आ एह चलते भोजपुरी से जुड़ल सामग्री पाठकन ले चहुँपावल हमार मकसद होखे के चाहीं. बाकिर जब चार गो काम में से एके गो काम पर सगरी समय लाग जाव त कुछ ना कुछ करही के पड़ी. एहसे भोजपुरी के साहित्य के प्रकाशन पर बेसी ध्यान दिहल जाई आ फिलिम से जुड़ल समाचार में काट छाँट कइल जाई.

कारण चाहे जवन होखे बाकिर भोजपुरी प्रकाशन, प्रिंट मीडिया में भा नेट पर, चलावल आर्थिक नजरिया से फायदेमंद नइखे. लाख चाहीं कि एगो दू गो टाइपिस्ट राख के काम चलावल जाए बाकिर ओकर खरचा कहाँ से आई? आ कतना दिन ले आपन धनदाह जारी राखल जा सकेला?

प्रचारक लोग के धन्यवाद देत अनुरोध करब कि अँजोरिया पर प्रकाशित करे ला या त भोजपुरी में सामग्री भेजीं, यूनिकोड में भा कृतिदेव में. दोसरा फांट पर भा स्कैन कर के, भा पीडीएफ फार्मेट में आइल सामग्री छाँट दिहल जाई अगर ओकर कवनो समाचार अहमियत नइखे. दोसरे अगर कवनो फिलिम निर्माता चाहत होखस कि उनका के पूरा महत्व मिले त जइसे प्रचारक से अनुबन्ध होला ओही तरह अँजोरियो से अनुबन्ध कर लीं.

कवनो कलाकार से जुड़ल प्रचार तब ले मत भेजीं जबले ऊ खबर ना होखे. आ खबर के परिभाषा होला कि जवना बात के केहु छिपावल चाहे ऊ खबर होला आ जवना बात के छपवावल चाहे ऊ विज्ञापन. आ विज्ञापन ढेर दिन ले फोकट में ना हो सके.

माफ करब सभे. बाकिर उमर बढ़ल जात बा, जिम्मेदारी बढ़ल जात बा, समय घटल जात बा. एहसे कुछ ना कुछ बदलाव कइल जरूरी बा. फिल्म से जुड़ल खबर मुहुर्त पर, शूटिंग से जुड़ल खबर महीना में एक बार, हर टेरीटरी में रिलीज होखे के आ एक बेर रिलीज भइला पर. बस अतने खबर दिहल जा सकी.

फिल्म के बैनर, फिल्मकारन, तकनीशियन आ कलाकारन के पूरा सूची एके बार भेज दीं. रिलीज से पहिले ओह फिल्म से जुड़ल बीस पचीस गो स्टिल भेज दीं. त हर केहु के ओह फिल्म का बारे में काम लायक जानकारी मिल जाई. फिलिमो के फायदा मिली आ एके बतिया सतरह बार टाइप करे से हमरो छुट्टी मिली.

भोजपुरी सिनेमा के बात भोजपुरी में ना कर सकीं त बहुते साइट बाड़ी सँ हमार कवन जरूरत ?

विदा लेत बानी. बदलाव आजुए से चालू हो गइल बा.

अपने सभे के,
ओम

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up