भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन जल्दिये सिनेमा का परदा पर कुश्ती लड़त नज़र अइहें. प्रसिद्ध निर्देशक के. डी का निर्देशन में बनल फिल्म ‘प्राण जाई पर वचन न जाई’ के शूटिंग हाल ही में वाराणसी में पूरा भइल बा. जबरदस्त एक्शन, सुपर हिट गाना, रोमांस अउर कामेडी से भरपूर ‘प्राण जाई पर वचन न जाई’ में ठेठ भोजपुरिया कुश्ती के अलावा सुपर डुपर हिट ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना…’ गानो सुने के मिली. खास बात ई बा कि “मुन्नी बदनाम हुई” का तरहे ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना’ आयटम नंबर हवे. एह गाना के संगीत दिहले बाड़े राजेश-रजनीश. ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना’ उत्तर प्रदेश आ बिहार में एक दशक पहिले लोग का जुबान पर चढ़ल रहे आ एकर मूल गायिका रहली ताराबानो फैजाबादी जे ‘मुन्नी बदनाम हुई’ के मूल गाना ‘लवंडा बदनाम हुआ नसीबन तेरे लिए’ गवले रही. फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ अक्षरा के रोमांटिक जोड़ी का साथ राजीव दिनकर, निजाम खान, महक मल्होत्रा , ख़ुशी सिंह, जफर खान वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत – उदय भगत, शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: