भोजपुरिया परदा पर गुंडई राज जइसन सफल फिल्म दे चुकल आ फिल्म वितरकन में हॉट केक बनल फिल्म “डकैत” के बाद निर्देशक रवि भूषण आ सुपर स्टार पवन सिंह फेर साथे बाड़न अनूप धवन-अमन कुमार प्रस्तुति आ मनोहर कुमार के बनावल फिल्म “आंधी तूफ़ान” में.
गुंडई राज आ डकैतो का तरह “आंधी तूफ़ान” फिलमो एक्शन इमोशन से भरपूर फिल्म होखी. एहमें पवन सिंह के एक्शन के मुकाबला करीहें भोजपुरिया एक्शन स्टार विराज भट्ट. चोकलेटी चेहरा पर एक्शन के शौक़ीन पवन सिंह आ विराज भट्ट के लगभग एक दर्जन एक्शन दृश्य एह फिल्म के खासियत होखी. आम तौर पर जहाँ भोजपुरी फिलिमन एक्शन फिल्मावे खातिर अधिका से अधिका पांच दिन के शेड्यूल होखेला, एह फिल्म के एक्शन खातिर बारह दिन के शेड्यूल राखल गइल बा.
“आंधी तूफ़ान” के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग एक मई से शुरू होखत बा. एह फिल्म में पवन सिंह साथे बाड़ी भोजपुरी के गरम लिट्टी अंजना सिंह. साथे बाड़न भोजपुरिया खलनायिकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा, कोमेडी किंग से खलनायिकी में उतरल मनोज टाइगर, आनंद मोहन, जया सिंह, सोम भूषण , गोपाल राय आ सपना.
माँ काली मूवीज के बैनर तले बनत एह फिल्म के कहानी खुद निर्देशक रवि भूषण के लिखल ह जवना में उनुका हर फिल्म का तरहे मनोरंजन के हर पहलू के ध्यान राखल गइल बा. संगीतकार मधुकर आनंद, गीतकार विनय बिहारी, आर.आर. पंकज आ प्रदीप मधुकर, संपादक नकुल प्रसाद, कैमरामेन रवि चंद्रन हउवें.
निर्देशक रवि भूषण के निर्देशन कैरियर के ई तिसरकी फिलिम हियऽ आ तीनो में नायक पवने सिंह बाड़े.


(उदय भगत के रपट से)
रवि भूषण, पवन सिंह, आँधी तूफान

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d