रानी चटर्जी संग शमीम खान के जोड़ी फिलिम ’गुलाम’ में

Shamim-RaniChatterjeeअमिताभ बच्चन के फिलिमन के नाम के नकल करे वाला अभिनेता शमीम खान ’अंधा कानून’ के बाद अब फिलिम ’गुलाम’ में रानी चटर्जी का संगे बेहतर अभिनय करत नज़र अइहें. अमिताभ बच्चन के आपन आदर्श माने वाला शमीम खान जल्दिए बॉलीवुड के कुछ बड़ बैनरन के बड़की फिलिमन में अभिनय करत नज़र अइहें.

फिलिम गुलाम के निर्माता शंभू पांडेय हउवें आ एह फिलिम में मनोरंजन के सगरी मसाला मौजूद बा जवन दर्शक चाहेलें, जइसे कि एक्शन, रोमान्स, आ कॉमेडी. शंभु पांडे प्रोडक्शन आ उदय सिंह प्रोडक्शन के बैनर तर बनत एह फिलिम के अबहीं पोस्ट प्रोडक्शन काम मुंबई में चलत बा आ एकरा के जल्दिए रिलीज कइल जाई.

फिलिम के सह निर्माता मोहन दास आ सी बी त्रिपाठी, निर्देशक विजय सोलंकी, संवाद-गीत अरविंद तिवारी, संगीत अमन श्लोक, छायांकन प्रमोद पांडे, नृत्य कानू मुखर्जी और संजय कोरवे, फाईट सिंह इज किंग, एडिटर नकुल प्रसाद, कथा-पटकथा शंभु पांडे.

मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, शमीम खान, विक्रांत सिंह, कोमल ढिल्लन, साहिल शेख, राज वशिष्ठ, शंभु राणा, संजय पांडे आ अली खान वगैरह बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..