आर.एस. फिल्मस् प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म “दिल हो गईल कुर्बान” के निर्माता आर.एस.तिवारी कहलन कि ई फिल्म पूरा तरह से रोमांटिक अउर एक्शन प्रधान फिल्म हवे, फिल्म में एगारह गो गाना होखी आ शूटिंग सितम्बर में शुरू होई. एह फिल्म से नवोदित एक्टर रामाशंकर तिवारी के भोजपुरी परदा पर पहिला बेर उतारल जात बा. प्रतापगढ़ के रहे वाला रमाशंकर तिवारी दमन सिल्वासा, वापी गुजरात में ट्रान्सपोर्ट कंपनी चलावेलें आ भोजपुरी में कुछ करे खातिर फिल्म इण्डस्ट्री में उतरल बाड़े.

एह फिल्म के निर्देशक ब्रज भुषण, गीतकार: विनय बिहारी, विपिन बहार, संगीतकार: दामोदर राव आ मुख्य कलाकार: रामाशंकर तिवारी, विष्णू शंकर बेलू, अखिलेश राज बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

 246 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: