Fortnightly Astrological predictions.(मंगल १६ मार्च २०१० से मंगल ३० मार्च २०१० तक)
पक्ष में कारक ग्रह गुरु चन्द्रमा आ मंगल बनल रहिहें.
पक्ष में बुध के राशि परिवर्तन २९ मार्च के आ शुक्र के २८ मार्च के होरहल बा. नया सम्वत के राजा मंगल आ मंत्री बुध बाड़े.
मेष
(चू,चे,चो,ला,लू,ले,लो,ला,अ)
संतान पक्ष के तरफ से सावधानी बरतीं. फौजदारी वकीलन के लाभ. दुर्घटना से सावधान रहे के जरुरत. स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के काम बा. मगलवार के ब्रत करीं, हनुमान भक्ति आ मूंगा धारण करीं लाभ होखी.
वृष
(ई,उ,ए,ओ,वा,वी,वू,वे,वो)
शुक्र महाराज सुरुज से पीड़ित बाड़े से तनिका सावधानी के जरुरत. पत्नी से अनबन के संकेत. राशि परिवर्तन के बाद तनिका बदलाव आई लेकिन निश्चिन्तता से बचे के जरुरत बा. माता रानी क ध्यान से लाभ होखी.
मिथुन
(का,की,कू,घ,ड,छ,के,को,हा)
राशि परिवर्तन के बाद स्थिति में परिवर्तन होखी. धन आवे के रास्ता खुली आ बात से खाये वालन खातिर तनिक बढ़िया रही. स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के काम बा. बुध के जाप आ पन्ना पहिनला से लाभ होखी.
कर्क
(हा,हू,हे,हो,डा,डी,डू,डे,डो)
नया काम करे से बचीं. विद्यार्थी लोग सावधान रहे. माता पिता खातिर संतान पक्ष बढ़िया रही. तरल आ ठंडा पदार्थ के काम करे वाला खातिर खास. मोती दान दीं आ सोमार के शिव भक्ति करीं. जरुर से लाभ होखी.
सिंह
(मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी,टू,टे)
बढ़िया समय बा लेकिन शनि के साढ़ेसाती के परेशानी के उपाय करे के जरुरत बा. शनि वक्री बाड़े से विशेष सावधानी के जरुरत. हनुमान जी के दरशन करत रहीं, रक्त चन्दन आ सुरुज महारा के जल दिहीं, लाभ होखी.
कन्या
(टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो)
बुध के राशि परिवर्तन के बाद स्थिति बदली. आमदनी के रास्ता देखाई दी. पत्नी से निराशा के संकेत भी बा. शत्रु लोग से राहत के संकेत बा. परेशानी में बुध के बीज मंत्र के जाप करवाईं, पन्ना धारण करीं लाभ होखी.
तुला
(रा,री,रू,रे,रो,ता,ती,तू,ते)
शनि के साढ़े साती बा. नया काम से बचे के जरुरत बा.. राशि परिवर्तन के बाद तनिका शुभ समाचार के संकेत. सावधानी बरतीं आ स्वास्थ पर ध्यान दीं. शनि के दान दीं., हीरा, सफेद हकीक धारण कईला से लाभ होखी.
वृश्चिक
(तो,ना,नी,नू,ने,नो,या,यी,यू)
मंगल नीच राशि में बा मजबूती दिहला के काम बा. बढ़िया समय आवे के संकेत., भाग्योदय के संकेत. अति जोश से बचे के जरुरत बा. संतान पक्ष से शुभ समचार के संकेत. मूँगा धारन आ हनुमान भक्ति से लाभ होखी.
धनु
(ये,यो,भा,भी,भू,ध,फ,ढ़,भे)
छुपल दुश्मन लोग से सावधानी के जरुरत बा.. अपना से नीचा लोगन से दबे के पड़ सकेला. काम काज वाला लोग अपना जगह पर सावधानी बरते. गुरुवार के ब्रत गुरु मंत्र के जाप आ पुखराज धारण कईला से लाभ होखी.
मकर
(भो,जा,जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी)
जुआ लाटँरी से कुछ लाभ के संकेत जरुर बा लेकिन शनि जुआ में जेतना देबेले ओतने छीन भी लेबेले., दुश्मन लोग से मुक्ति के संकेत. कुछ लाभ हो सकेला. नीलम से लाभ होखी, परेशानी में महामृत्युन्जय जाप करवाईं.
कुम्भ
(गू,गे,गो,सा,सी,सू,से,सो,दा)
खर्चा बढ़े के संकेत देखाई दे रहल बा. पूरा महिना अइसने रही.. नवका विवाहित लोग खातिर तनि विशेष बढ़िया समय बा. दुश्मन से सावधान. परिवार में अनबन के संकेत. नीलम धारण कइला से लाभ होखी.
मीन
(दी,दू,थ,झ,ञ,दे,दो,चा,ची)
धन आई साथे साथे खर्चा भी बनल रही. कंजूसी से जिये वाला लोग मजे में रही फिर भी खर्चा लागल रही. दुश्मन लोग परेशान कर सकेला, झूठा आरोप के संकेत., परेशानी में गुरु के बीज मंत्र आ पुखराज लाभ करी.
401 total views, 2 views today