सिनेमा भोजपुरी के नम्बर वन अदाकारा रिंकू घोष हालही में एगो फिलिम साईन कइले बाड़ी जवना के नाम ह ‘कोठा’. लीक से हटल भूमिका चुने में रिंकू घोष के कवनो जवाब नइखे आ एहू फिलिम के लेके ऊ बहुते उत्साहित बाड़ी. उनुकर हालिया फिलिम ‘बिदाई’, ‘बलिदान’, ‘सईंया ड्राईवर बीबी खलासी’ आ ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ सगरी सफलता के नया नया रेकार्ड बनवली सँ.

‘कोठा’ के निर्देशक मनोज श्रीपति झा के कहना बा कि ऊ जब फिलिम के कहानी पर काम करे शुरू कइलन त उनुका सोझा बस रिंकू घोष के चेहरा आइल. एकर कहानी मनोज श्रीपति आ सुरेन्द्र मिश्र मिल के लिखले बाड़े. एकर शूटिंग जल्दिये शुरू होखे वाला बा.


(शशिकांत सिहं – रंजन सिन्हा के रपट से)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: