– आलोक पुराणिक

ढेरे सनसनी बा. कवनो टीवी चैनल के भासा उधार ले लीं त ई कहल जा सकेला कि पूरा मुल्के में सनसनी बा. मुल्के काहे पूरा दुनिया में सनसनी बा. एगो टीवी चैनल एही मसला पर पूरा एक घंटा के रपट परोस दिहलसि कि – प्रियंका चोपड़ा अपना से बारह बरीस छोट दुलहा से बिआह करे जात बाड़ी. हम एह रिपोर्टर से पूछनी कि – तोहरा एहसे का कि बारह बरीस छोट से बिआह करे जात बाड़ी कि बड़ से ? कवनो जोर-जबरदस्ती, कवनो कानून त नइखे लाँघल जात एहमें. तोहरा केरल में 120 बरीस में आइल अइसन बड़हन बाढ़ नइखे लउकत ? एह बाढ़े का सगरी आयाम पर बतियाव, रपट बनाव. काहे एह फेरा में पड़ल बाड़ कि 12 बरीस छोट ह कि बड़.
प्रियंका-प्रोग्राम के रिपोर्टर हमरा के एगो बरियार जबाब देके चुप करा दिहलसि कि छोट बड़ बाढ़ त हर साल आवत रहेले. बाकिर प्रियंका के बिआह त एके बेर होखी. उनुकर बिआह एही चलते आजु के सबले बड़का इवेन्ट बावे. आ ई कहि के उ रिपोर्टर फेर एह शोध में बिजी हो गइल कि प्रियंका चोपड़ा के होखेवाला पति उनुका से कतना छोट हउवे. ई आशनाई कब से चलत बा, कब शुरु भइल, कहाँ शुरु भइल.
ई देश बिआह प्रधान देश ह. बंदा पहिले अपना बिआह में अझूराला. पढ़-लिख के के नौकरी काहे करे के बा ? काहे कि बिआह ठीक-ठाक हो जाव, बालो-बच्चा ठीक-ठाक हो जा सँ. जवना आंटी लोग के आपने बिआह बड़ फजीहत से भइल रहुवे उहो लोग एही में परेशान रहेली लोग कि अपना कुटुम्ब-परिवार के फलाना लड़िकी के बिअह काहे नइखे हो पावत ? टीवी सीरियल त बिआहे भरोसे बाड़ी सँ. एक बिआह का बाद दोसरा बिआह के, फेर तिसरा बिआह के. फेर बिआह में तोड़-फोड़, फेर एगो नयका बिआह. फेर एगो अउर बिआह. बिआह-प्रधान मुल्क में सब कुछ बिआहे पर शुरु होला आ बिआहे पर खतम. बिआह के कहानिए ना ओराव.
प्रियंका चोपड़ा के बिआह होखो. शुभकामना. बाकिर ई चैनल वाले काहे एह पर कपार खपावत बाड़ें कि प्रियंका के रोका में रसगुल्ला जवना दोकान से आइल रहुवे ओह दोकान के कर्मचारी झप्पूलाल से इन्टरव्यू कइसे हासिल कइल जाव ? अरे दोकान के कर्मचारी से काहे, सीधे ओकरा मालिके के इन्टरव्यू काहे ना ले लिआव ? बाकिर मालिक एलान क के बइठल बा कि ऊ एह पर बीबीसी, सीएनएन, भा अल जजीरा जइसन कवनो ग्लोबल चैनले के इन्टरव्यू दी. एगो चैनल के चीफ अपना रिपोर्टर से पूछत बा कि एहमें नाग-नागिन के डाँस वाला एंगल डालल जा सकेला कि ना ? का अपना रपट में बतावल जा सकेला कि ई लोग पिछला जनम में बिछुड़ल नाग-नागिन के जोड़ी ह. अब भारत-भूमि में एह लोग के पुनर्मिलन हो रहल बा.
हम ओह चीफ के डपटनी कि का बेहूदा आइडिया खोजे में लागल बाड़ ? ऊ चैनल चीफ चहक के बोलल – चलीं अब रउरो कन्फर्म कर दिहनी कि ई बेहूदा आइडिया बा. अब त एकरा के हिन्दुस्तान नें हिट होखला से केहू रोकिए ना सके. हम त टेंशन में तब आइलें जब कार्यक्रम के केहू सउरदार बता देला. प्रियंका चोपड़ा के बिआह बहुते बड़ खबर बा. प्रियंका के बिआह जबले पूरा नइखे हो जात तबले ई खबर बाढ़-सूखाड़ पर भारी पड़त रही टीवी चैनलन पर.
देखतानी एगो चैनल पर ब्रेकिंग न्यूज आ रहल बा – सबले पहिले हम बताएब कि प्रियंका अपना बिआह वाला लहँगा कवना दोकान से खरीदिहें. सबसे पहिले हमरा चैनल पर. हार्ड न्यूज, ब्रेंकिंग न्यूज. आईं पूरा धीरज आ संयम सें प्रियंका चोपड़ा के बिआह होखे तकले इंतजार कइल जाव.