११ जुलाई से उत्तर प्रदेश में रिलीज भइल फिलिम ‘बाबा रंगीला’ के उम्मीदोले अधिका सफलता मिलत बा. स्माइल टेक मल्टीमीडिया के बैनर वाला एह फिलिम के बढ़ावा देबे ला पिछला कई दिन से फिलिम के नायक विजय वर्मा पूरा टीम संगे अलग अलग सिनेमाघर जा जा के फिलिम देखत आ देखे आइल लोगन से रूबरू होखत बाड़न. हर जगहा उनुका लोगन से भरपूर प्यारो मिलत बा.
18 जुलाई से ‘बाबा रंगीला’ मुंबई आ गुजरातो में रिलीज हो गइल
बिहार आ यूपी में ‘बाबा रंगीला’ के मिलल सफलता अब 18 जुलाई से मुंबई आ गुजरात में दोहरावल जात बा.
एह फिलिम में विजय वर्मा आपना पिछला फिलिम से बनल एंग्रीयंग मैन के छवि छोड़ के एह फिलिम से लवर बॉय छवि बनावे में सफल हो गइल बाड़न.
(रामचंद्र यादव)