वितरकन के पहिला पसंद हउवें निरहुआ

by | Apr 30, 2012 | 0 comments

कवनो सितारा के स्टार बनावे में फिल्म वितरकन के बड़हन हाथ होला. फिलिम जतने महँग बिकाई ओकरा स्टार के ओतने रेट बढ़ी. अगर भोजपुरी फिलिमन के बात कइल जाव त भोजपुरी वितरकन के पहिला पसंद हउवन जूबली स्टार दिनेश लाल यादव ‘‘निरहुआ’’. हर टेरेटरी के बड़का से बड़का वितरक जहाँ निरहुआ के फिल्म के मुंहमांगा दाम पर खरीद के वितरित करत बाड़े ओहिजे जवन वितरक निर्माता बनत बाड़े उहो निरहुए के लेके फिलिम बनावत बाड़े.

“चलत मुसाफिर मोह लियो रे” से भोजपुरी परदा पर इंट्री मारे वाला निरहुआ के दुसरके फिल्म वितरक से निर्माता बनल आलोक कुमार के ‘‘हो गईल बा प्यार ओढ़निया वाली से’’ रहल. ई फिलिम सिल्वर जूबली हिट रहल आ फेर आलोक कुमार निरहुआ क साथे ‘‘निरहुआ चलल ससुराल’’, ‘‘हो गईनी दिवाना तोहरे प्यार में’’ जइसन सुपरहिट फिलिम बनवले. अबही आलोक कुमार निरहुआ क साथे ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ आ ‘‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’’ बनावत बाड़न.

नेपाल के प्रसिद्ध वितरक आ अब भोजपुरी के चर्चित निर्माता निदेशक रामाकान्त प्रसाद निरहुआ संगे ‘‘लागल रह ए राजा जी’’, दिवाना, दाग, दिलजले अउर खुन पसीना जइसन सुपरहिट फिलिम बनवले आ अब रामाकान्त निरहुआ संगे ‘गदर’ बनावत बाड़ें. सबले बड़का निर्माता आ बिहार के अग्रणी फिल्म वितरक अभय सिन्हा निरहुआ क साथ हम बाहुबली, परिवार, आज के करन अर्जुन, रणभूमि जइसन सुपरहिट फिलिम बनवले, ‘‘एक दुजे के लिए’’ प्रदर्शन खातिर तइयार बा आ अगस्त में अगिला फिलिम फ्लोर पर जाई.

बिहार के एगो अउर बड़का वितरक सुनील बुबना निरहुआ संगे ‘‘कहां जइबऽ राजा नजरिया लड़ाई के’’, मुम्बई के भोजपुरी के सबले बड़का वितरक राजेश-पप्पु निरहुआ संग ‘‘कसम धरती मईया के’’ बनवले आ अब ‘‘वर्दी वाला गुण्डा’’ प्रदर्शन खातिर तइयार बा. निरहुआ बिज्मेपा अध्यक्ष आ देश के बड़का वितरकन में से एक डा॰ सुनिल कुमार के फिल्मो करत बाड़े. मुम्बई आ बिहार के प्रसिद्ध वितरक बिटु सरदार निरहुआ के लेके ‘‘रिक्शा वाला आई लभ यू’’ बनावत बाड़े. एकरा अलावा निरहुआ कईगो अउरी वितरकन क फिल्म में अभिनय करत नजर अइहें.

पिछला पाँच साल से भोजपुरी के नम्बर 1 सितारा निरहुआ के फिलिम हर टेरेटरी में मुंहमांगा दाम पर बिकाले. निरहुआ भोजपुरी के एक मात्र स्टार हउवन जेकर फिलिम हर टेरेटरी, चाहे ऊ बिहार, मुम्बई, दिल्ली, यु.पी., बंगाल, नेपाल, पंजाब में से कतहीं होखो, में शानदार सफलता अर्जित करेले. दर्शकन के चहेता न॰ 1, निर्मातन के न॰ 1 आ वितरकन के पसंद नं॰ 1 निरहुआ के बेस्ट ऑफ लक !


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up