भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार विनय आनंद ‘‘त्रिनेत्र’’ का सफलता के बाद अब अपना एक्शन के जलवा ‘काली’, ‘हमरा नामे जिला हिलेला’, ‘एलान-ए-जंग’ अउर ‘कजरा मोहब्बत वाला’ फिलिमन में देखावे जा रहल बाड़न.

‘कजरा मोहब्बत वाला’ के निर्माण हरीश जायसवाल, प्रमोद शास्त्री आ धर्मेन्द्र सिंह मिल के कइले बाड़न आ निर्देशक हउवन श्रीधर शेट्टी. पूरा तरह से रोमांटिक थ्रिलर अउर एक्शन से भरल एह फिल्म में विनय आनंद के नायिका बाड़ी प्रतिभा पांडे. कुणाल सिंह पहिला बेर खलनायक बन के उतरल बाड़े एह फिलिम में. ‘कजरा मोहब्बत वाला’ का बारे में कहल जात बा कि विनय आनंद के कई गो राज एहमें निर्देशक श्रीधर शेट्टी खोल दीहे. विनय आनंद श्रीधर शेट्टी के तारीफ करत कहेले कि शेट्टी जी कमाल के निर्देशक हईं. एह फिल्म में पहिला बेर कवनो प्रमोशनल सांग कइले बाड़ी अनारा गुप्ता. अनारा के उमेद बा कि उनुकर ई प्रोमोशनल सांग दर्शकन के दिल जरूर जीती.
पी.जे. फिल्म्स प्रोडक्शन आ हरीश टेलीफिल्म का बैनर तले बनल एह फिलिम ‘कजरा मोहब्बत वाला’ के मुख्य कलाकार हउवे – विनय आनंद, धीरज पंडित, प्रतिभा पाण्डे, लवी रोहतगी, मनोज टाइगर, अनिल यादव, अनुराधा राजपूत, अनु सिंह, अउर कुनाल सिंह. साथ में बाड़न विश्वजीत चटर्जी आ आयटम गर्ल का रूप में अनारा गुप्ता आ सीमा सिंह.
फिल्म के शूटिंग लखनऊ आ मुंबई में भइल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

 507 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: