भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद फिल्म ‘काली’ में आपन कमाल देखइहन. जबरदस्त संगीत अउर एक्शन भरल ‘काली’ में विनय आनंद के लुक देकेक उनुकर चाहे वाला जरूरे चउँक जइहें. विनय आनंद के खुद कहना बा कि अइसन एक्शन वाला फिल्म ऊ कबो नइखन कइले. हालांकि जल्दिये विनय आनंद के एक से बढ़के एक एक्शन पैक्ड फिल्म दर्शकन के सोझा आवे वाला बा. एहमें ‘हमरा नामे जिला हिलेला’, ‘एलान-ए-जंग’ अउर ‘कजरा मोहब्बत वाला’ खास बा. ‘कजरा मोहब्बत वाला’ के निर्माता हरीश जायसवाल, प्रमोद शास्त्री आ धर्मेन्द्र सिंह हउवें अउर निर्देशक हउवें श्रीधर शेट्टी. एह रोमांटिक थ्रिलर ‘कजरा मोहब्बत वाला’ में नायिका बाड़ी प्रतिभा पांडे आ पहिला बेर खलनायक बन के आइल बाड़न कुणाल सिंह.एह फिल्म में पहिला बेर प्रमोशनल सांग कइले अनारा गुप्ता के कहना बा कि एह फिल्म से एगो नया ट्रेड शुरु होखी कि अब हिंदी सिनेमा का तरह भोजपुरीओ में प्रमोशनल आयटम नंबर नामी नायिका लोग के होखल करी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

 270 total views,  5 views today

By Editor

%d bloggers like this: