विराज भट्ट आ प्रिया शर्मा के ‘दिल तऽ पागल‘ होला बन के तइयार हो गइल

महावीर इन्टरटेनमेन्ट के बैनर तले बनल एक्शन प्रधान भोजपुरी फिल्म ‘दिल तऽ पागल होला‘ बन के तइयार बा. एकर निर्माण बिहार के एगो इंजिनियर रामानंद चौधरी कइले बाड़न आ ई उनुकर पहिला निर्माण हवे. एह फिल्म के ऊ खुदे एकरा के बिहार आ यू.पी. टेरीटरी में रिलीजो करीहें. एह फिल्म में विराज भट्ट आ प्रिया शर्मा के जोडी बहुते आकर्षक आ सेक्सी बावें. एह फिलिम में विराज लड़िकियन के दलाली करत बाड़े आ प्रिया वेश्या क किरदार में बाड़ी.

एकरा के जून मे पूरा भारत में एके साथ रिलीज करे कइल जाई. निर्माता रामानंद चौधरी, निर्देशक फहीम ए.खान, संगीतकार फहीम अउर जयंत, गीतकार: पवन मिश्रा आ मुन्ना दुबे, छायांकन श्यामल चक्रवर्ती के, मारधाड दिलीप के यादव निर्देशित, नृत्य संजय कोरबे निर्देशित, संकलन गोविन्द दुबे के, अउर कथा-पटकथा आ संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा हउवें.

मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, प्रिया शर्मा, संजय पाण्डेय, गोपाल राय, दीपक भाटिया, सी.पी. भट्ट, हरि शरण बाल गोविंद वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..