अमृत क्रिएशन के बैनर में बनल भोजपुरी फिलिम “दबंग मोर बालमा” में विराज भट्ट आ मोनालिसा के जोड़ी बा. एही फिलिम में बड़का परदा पर विराज भट्ट आ मोनालिसा के बिआह देखे के मिली.
एह फिलिम में विराज भट्ट आ अजय दीक्षित के रोचक भिड़ंत बा. निर्माता जयेश पटेल एकर शूटिंग यू.पी. आ गुजरात में करवले. मार-धाड़ आ एक्शन से भरपूर एह मसाला फिल्म के गानो बहुत बढ़िया बाड़ी स.
फिलिम होली का समय रिलीज करे के योजना बा.
(संजय भूषण पटियाला)