सिनेमा भोजपुरी के एक्शन किंग विराज भट्ट के फिलिम ‘पंचायत’ प्रदर्शन खातिर तइयार हो गइल बा. ई पंचायत अइसन बा जवना में विराज भट्ट के हैरत अंगेज एक्शन देख सभे चउँक जाई. एकरा के निर्देशित कइले बाड़न फिरोज खान. नायिका बाड़ी काजल राधानी, आ साथे बाड़न बृजेश त्रिपाठी. विराज भट्ट के अनेके फिलिम, जइसे कि ‘जानवर’, ‘जान तेरे नाम’, ‘भाई जी’, ‘दुर्गा’, ‘मर्द तांगेवाला’, आ ‘हिम्मतवाला’ सफलता के रिकार्ड बना चुकल बाड़ी सँ.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)