‘सांवरिया आई लव यू’ जइसन सुपर हिट फिल्म बना चुकल निर्माता शंभू पांडे पिछला दिने वसीम खान क साथे मिलके अपना दू गो नईकी फिलिमन के ग्रांड मुहूर्त अलका याज्ञनिक के स्टूडियो में कइलन. एह मौका पर नारियल फोड़लें वरिष्ठ पत्रकार नरेन्द्र उपाध्याय.
दुनु फिलिम ‘हथियार’ आ ‘दहशत’ के निर्माण शंभू पांडे प्रोडक्शन एंड एंटरटेनमेंट्स, आ एस.के. फिल्म्स के बैनर तले निर्माता वसीम खान-शंभू पांडे करत बाड़ैं. दुनु के निर्देशित करीहन अशोक त्रिपाठी ‘अत्री’. सह-निर्माता सी.बी. त्रिपाठी, गीतकार अरविंद तिवारी आ प्रेम सागर, संगीतकार अमन-श्लोक, मारधाड़ मास्टर सिंह इज किंग, कैमरामैन प्रमोद पाण्डे, आ कला निर्देशक इन्द्रजीत शर्मा हउवें. कलाकारन के चुने के काम जारी बा.
एह मुहूर्त का मौका पर ‘रंगबाज’ फेम अभिनेता हैदर काजमी मुख्य अतिथि रहलन आ फ्लैश दिहलन.
(शशिकांन्त सिंह रंजन सिन्हा)
0 Comments