किंग खान-काजोल आ ऋतिक रौशन-करीना कपूर का बाद सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े हिन्दी सिनेमा के शांहशाह अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन के बेटा-पतोहु का भूमिका में नजर आवे वाला बाड़े. निरहुआ-पाखी बिग बी के मेकअप मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘‘गंगा देवी’’ में अमिताभ-जया के बेटा आ पतोहु बनल बावे लोग. एहसे पहिले फिल्म “कभी खुशी कभी गम” में अमिताभ आ जया के बेटा पतोह का भूमिका में शाहरूख खान-काजोल आ ऋतिक-करीना के जोड़ी आइल रहे.
दक्षणा फिल्मस् के बैनर तले बनत एह फिल्म में निरहुआ एगो राजनीतिक कार्यकर्ता के किरदार करत बाड़े.
(प्रशांत निशांत के रपट से)
0 Comments