भोजपुरी सिनेमा के डायनामिक एक्टर शुभम तिवारी अब भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन का साथे “मल्ल युद्ध” करे जा रहल बाड़न. एह दुनु महावीरन वाली एह हाई वोल्टेज फिल्म के नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. फिल्म के निर्माता हउवें सुनील कुमार चौहान आ निर्देशक हउवें चांद मेहता. शुभम तिवारी के बारे में कहल जाला कि ऊ अभिनय के हर क्षेत्र में काबिल हउवें चाहे ऊ रोमांस होखे, कामेडी होखे भा एक्शन. फिल्म “कानून हमरा मुट्ठी में” उनुकर एक्शन देखवले रहे त “तू ही मोर बालमा” में उनकर रोमांस आ कामेडी देखे के मिलल रहे. अब “मल्ल युद्ध” शूभम का जिनिगी के एगो खास मोड़ होखे जा रहल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: