शुरू भइल ‘‘जय पंडित’’

jai-pandit
पाण्डेय सिने विजन प्रा. लि. के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘‘जय पंडित’’ के शुरूआत पंडौल (मधुबनी) समेत बिहार के कुछेक लोकेशन पर शूटिंग कर के कइल गइल. निर्माता जगमोहन सिंह शेट्टी आ निर्देशक प्रकाश सिंह के एह फिलिम में नवोदित जय त्रिपाठी जय पंडित के टाईटल किरदार करत बाड़न. पूजा सिंह, किरन यादव, तेज नारायण यादव, दीपक भाटिया आ पवन मिश्रो के भूमिका खास बाड़ी सँ.

लेखिका गीता तोमर, संगीतकार अविनाश झा ‘‘घूँघरू’’, गीतकार आर. आर. पंकज, आ मनोज मतलबी, अउर छायांकन करेवाला वकील यादव हउवें.


(प्रशान्त निशान्त)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up