भारत के पहिलका भोजपुरी म्यूजिक चैनल “संगीत भोजपुरी” पर अब रउरा भोजपुरी फिल्मो के आनंद उठा सकीले. हर शनिचर रात आठ बजे आ अतवार दुपहरिया दू बजे से भोजपुरी के लोकप्रिय फिलिमन के देखावल जाला. एह फिलिमन में मनोज तिवारी आ मिथुन चक्रवर्ती के फिल्म “भोले शंकर”, पवन सिंह के “चोरवा बनल दामाद “, कुणाल सिंह के “बैरी सजना” आ “बैरी कंगना” आ सुजीत कुमार के फिल्म “आईल बसंत बहार” जइसन सदाबहार हिट फिलिमन के देखल जा सकेला.
त अब भोजपुरी के हिट गाना का साथही फिलिमो के आनन्द उठावल करीं “संगीत भोजपुरी” पर.
(अपना न्यूज के रपट)
314 total views, 4 views today