सिनेमा भोजपुरी के प्राण खलनायक संजय पांडे अब ‘रखवाला’ में एगो दबंग स्टाइल के पुलिस वाला बनल बाड़ें. स्टाइलो अइसन के जेही देखे चउँक जाए. एह फिलिम में संजय पांडे पहिला बेर कवनो पॉजिटिव भूमिका में नजर अइहें. अपना एह किरदार से बहुते उछाह में बाड़ें संजय पांडे. कहलन कि उनुका ई चुनौती भरल किरदार बहुते पसंद आइल रहे एहसे तुरते सकार लिहलें.

असलम शेख के एह होम प्रोडक्शन फिलिम में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, रिंकू घोष, संजय पाण्डेय, उल्हास, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, सोनिया मिश्रा, पूनम वर्मा, मनोज भावुक आ बृजेश त्रिपाठी के खास भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d