पिछला हफ्ता रिलीज़ भइल आ सफलता के राह पर बढ़ल जात भोजपुरी फिल्म “संतान” के प्रोमोशन के दौरान बिहार में लागल कि जन सैलाब उमड़ पड़ल बा. भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन, अदाकारा पाखी हेगड़े, शुभी शर्मा आ अवधेश मिश्रा के एक झलक देख लेबे खातिर अफरा तफरी मचल रहे.

हैरी फर्नांडिस निर्देशित आ स्वरुप फिल्म्स के बनावल फिल्म “संतान” के बहुते शानदार तरीका से गाजा बाजा का साथे हाथी के सवारी करत रिलीज़ कइल गइल. “संतान” के दर्शकन से सीधे जोड़े खातिर रवि किशन खुद अपना सहयोगी कलाकारन का साथ प्रोमोशन करे निकल पड़ले. बिहार के ताजपुर, समस्तीपुर, आ दरभंगा में हजारो दर्शकन का मौजूदगी में ऊ सिनेमा हॉल जा जा के दर्शकन के मनोरंजन कइलन. दरभंगा में त फिल्म आ रवि किशन खातिर दिवानगी अइसन रहल कि उमा सिनेमाघर के बहरी मेन रोड पर घंटन जाम लागल रहि गइल. बहरहाल धीरे धीरे औरतन का दिल में जगह बनावत जा रहल फिल्म “संतान” ई साबित कर दिहलसि कि भोजपुरी सिनेमा जल्दिये संकट के दौर से निकले बाला बा.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

By Editor

One thought on “संतान के प्रोमोशन में उमड़ल जनसैलाब”

Comments are closed.

%d bloggers like this: