सहारा समय न्यूज सर्वे निरहुआ-पाखी के सबले बढ़िया मनलस

nirahua-pakhiमशहूर समाचार चैनल सहारा समय (बिहार-झारखण्ड) अपना सर्वे में भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार निरहुआ के साल 2012 के सबले सफल अभिनेता कहलसि. बतवलसि कि सफलता के पैमाना पर खेसारीलाल दूसरका, पवन सिंह तिसरका, रविकिशन चउथा आ मनोज तिवारी पँचवा पायदान पर रहलें.

अभिनेत्रियन में पाखी हेगड़े के पहिलका, अंजना सिंह के दुसरका, रानी चटर्जी के तिसरका, मोनालिसा के चउथा आ अक्षरा सिंह के पँचवा जगह पर राखल गइल बा एह सर्वे में.

सहारा समाज के सर्वे में खेसारीलाल अभिनीत ‘जान तेरे नाम’ के साल 2012 के सबले बड़हन हिट भोजपुरी फिलिम के दर्जा दिहल गइल बा.

ध्यान देबे लायक बा कि दिनेशलाल यादव निरहुआ लगातार छह साल से भोजपुरी के नं. 1 नायक का जगहा पर काबिज बाड़े आ अभिनेत्रियन में पाखी हेगड़े 6 साल से नं. 1 नायिका मनात बाड़ी. सहारा समय बतवले बा कि ई सर्वे आम दर्शकन के राय आ ट्रेड विश्लेषकन से भइल बातचीत पर आधारित बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।